रसड़ा में स्कूल बस पलटला से डेढ़ दर्जन विद्यार्थी घवाहिल

रसड़ा सेंट जेवियर्स स्कूल के एगो बस काल्हु उपरि बेरा विद्यार्थियन के स्कूल से घरे लवटावत घरी पावर हाउस का लगे पलट गइल. एह दुर्घटना में डेढ़ दर्जन विद्यार्थी घवाहिल हो गइलें. एहमें से पाँच गो लइकन के हालत अधिका खराब आ ओहनी के बलिया जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बतावल जात बा कि बस के एगो पिछला टायर बर्स्ट हो गइला का चलते बस बेकाबू हो के पलट गइल. अगल बगल के लोग दउड़ल आ पलटल बस में लइका लइकिन के निकालल लोग. बस पलटते ओकर चालक भाग पराइल.

संजोग से ओही घरी पूर्व विधायक राम इकबाल सिंह के कार आ सनबीम स्कूल के बस ओहिजा पहुँचल रहे जवना से घवाहिलन के रसड़ा अस्पताल चहुँपावल गइल. बाद में बलिया जिलाधिकारी सत्यनारायण श्रीवास्तवो अस्पताल चहुँपलन आ घवाहिलन के बेहतर इलाज करे के निर्देश दिहलन.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..