जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस के उम्मीदवार बनले

राजद सांसद उमाशंकर सिंह के निधन से खाली भइल महाराजगंज लोकसभा सीट पर होखत उपचुनाव में स्व॰ उमाशंकर सिंह के पुत्र जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस का ओर से उम्मीदवार बनावल गइल बाड़न. आजु मंगल का दिने ऊ आपन परचा दाखिल करीहें. आजुए राजद का ओर से प्रभुनाथो सिंह परचा भरीहें. जदयू का ओर से उम्मीदवार पी॰ के॰ शाही काल्हुए आपन परचा दाखिल कइलन. परचा दाखिल करे से पहिले पी के शाही कोनिया माई के मंदिर में दर्शन कइलन आ ओकरा बाद पीर बाबा के मजार पर चादर चढ़वलन.

एह चुनाव चलते सारण जिला परिषद के उपाध्यक्ष के चुनाव टरे के उमेद बा. जिलाधिकारी एह बाबत राज्य निर्वाचन पदाधिकारी से गोहार लगवले बाड़न कि उपाध्यक्ष के चुनाव महाराजगंज चुनाव का बाद करवावल जाव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।