बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राजग का छोड़लें भाजपा के काम आसान हो गइल. नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार घोषित करे का राह के सबले बड़ बाधा नीतीश खुद दूर कर दिहलें आ आडवाणी का राह में काँट रोप दिहलें. ना गठबन्हन टूटल रहीत ना मोदी के पीएम पद के उम्मीदवार बनावल जा पाइत ना आडवाणी के सपना टूटीत. शायद एही से कहल जाला कि बुड़बक दोस्त से बढ़िया होला चालाक दुश्मन. खैर अब भाजपा जल्दिए मोदी के पीएम उम्मीदवार घोषित कर दी. आ संभावना जतावल जात बा कि नरेन्द्र मोदी वाराणसी से चुनाव लड़ीहें. एह बहाने पूर्वांचल आ बिहारो के बड़हन हिस्सा में भाजपा के लहर बनावे मे सुविधा हो जाई भाजपा के.
0 Comments