छपरा में मिड डे मील खइला से दस गो बचवन के मौत

अबहीए अभी जी न्यूज पर खबर देखावल गइल बा कि छपरा में मिड डे मील खइला से नाहियो त दस गो बचवन के मौत हो गइल बा आ करीब पचपन गो बचवन के गंभीर हाल में जिला अस्पताल मे भरती करावल गइल बा.

मरे वाला बचवन के संख्या दस भइल.बिहार सरकार का ओर से हर बच्चा के परिवार के दू दू लाख के मुआवजा के एलान.

घटना मशरख के धरमसती प्राइमरी स्कूल में भइल. भाजपा के गिरिराज सिंह नीतीश कुमार से इस्तीफा मँगलन. लालू प्रसाद कहलन कि दोषियन पर मुकदमा होखो.

कुछ बहुत खराब हालत वाला बचवन के पटना भेजल गइल. सरकार जाँच के आदेश दिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।