गोपालगंज के व्यापारी के अपहरणकरे वाला छोड़ दिहले

पिछला दिने गोपालगंज के कपड़ा व्यापारी नितेश टिबडेवाल शनिचर का दिने खुदे बेतिया थाना जा के अपना रिहाई के जानकारी दिहलें. पुलिस के कहना बा कि दबिश से परेशान हो के अपहरणकरे वाला एह व्यापारी के छोड़ दिहले. बतावल जात बा कि छोड़े खातिर पचास लाख रुपिया के फिरौती माँगल गइल रहे. पुलिस के कहना बा कि फिरौती लेबे के मौके ना मिल पावल बदमाशन के. अब व्यापारी से मिलल जानकारी का बाद एह मामिला के दोषियन के पकड़े के कोशिश होखत बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..