मायावती फेर बात उठवली यूपी के बँटवारा के
-

यूपी के मुख्यमंत्री मायावती अपना शासन काल में यूपी के चार गो राज्य में बाँटे के प्रस्ताव केन्द्र का लगे भेजले रहली बाकिर ओकरा बाद का चुनाव मे सत्ता उनुका हाथ से सरक के सपा के अखिलेश का हाथे लाग गइल. सपा राज्य बंटवारा के खिलाफ बिया एहसे फेर ओह प्रस्ताव पर बात आगे ना बढ़ल. बाकिर तेलंगाना राज्य के हरी झंड़ी मिलते देश भर से छोट छोट राज्य बनावे के माँग उठे लागल बा. लागत बा कि कांग्रेस अपना वोट का लालच में बिर्हनी के छत्ता खरकोंच दिहले बिया. अब गोरखालैंड, बोडोलैंड, हरित प्रदेश, बुंदेलखंड, पूर्वांचल, आ विदर्भ के माँग फेर जोर पकड़ लिहले बावे. मायावती आजु फेर कहली कि यूपी के बाँट के चार गो राज्य बना दिहल जाव जवना में पश्चिमी उत्तर प्रदेश, बुंदेलखंड, पूर्वांचल आ अवध प्रदेस बन जाव.

0 Comments

Recent Posts