बलिया के लड़िका छपरा कचहरी पर ट्रेन का नीचे आ गइल

कोलकाता से बलिया खातिर चलल बैरिया के ठेकहा गाँव के धर्मेन्द्र सोमार का दिने भोर में छपरा कचहरी का आउटर सिग्नल पर रुकल सियालदह बलिया एक्सप्रेस से उतर के पानी पिए गइल तब ले ट्रेन चल दिहल. हड़बड़ी में ट्रेन पर चढ़े का दौरान उ गिर के लाइन पर चक्का का नीचे चल गइल. बेचारा के देह दू हिस्सा में कटा गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल.
एगो दोसर दुर्घटना में कचहरीए टीसन पर मशरख के सेमरी गाँव के रिटायर्ड रेलकर्मी देवलाल सिंह मालगाड़ी का नीचे से निकल के लाइन पार करत रहले तबले काँवरिया एक्सप्रेस आ गइल आ उ ओहिजे कटा गइलन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।