दवा प्रतिनिधि के गोली मार के हत्या

सारण जिला के मढौरा इलाका के गौरा बाजार मे काल्हु देर रात निपनिया सलेमपुर के दवा प्रतिनिधि शशिकांत सिंह के पहिले से घात लगवले बदमाश गोली मार दिहले सँ. घवाहिल बयालिस साल के शशिकांत सिंह के सदर अस्पताल छपरा ले जाइल गइल जहाँ उनुका के पटना खातिर रेफर कर दिहल गइल. बाकिर रास्ते में उनकर मौत हो गइल.

हत्या कवना बात ला भइल तवन अबहीं पता नइखे चलल. मामला दर्ज कर के पुलिस छानबीन करत बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts