दवा प्रतिनिधि के गोली मार के हत्या

सारण जिला के मढौरा इलाका के गौरा बाजार मे काल्हु देर रात निपनिया सलेमपुर के दवा प्रतिनिधि शशिकांत सिंह के पहिले से घात लगवले बदमाश गोली मार दिहले सँ. घवाहिल बयालिस साल के शशिकांत सिंह के सदर अस्पताल छपरा ले जाइल गइल जहाँ उनुका के पटना खातिर रेफर कर दिहल गइल. बाकिर रास्ते में उनकर मौत हो गइल.

हत्या कवना बात ला भइल तवन अबहीं पता नइखे चलल. मामला दर्ज कर के पुलिस छानबीन करत बिया.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।