बिहार जदयू के विधायक नरेन्द्र मोदी से भेट कइला का चलते निलंबित

बिहार के जदयू विधायक छेदी पासवान आजु शनिचर का दिने गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेट कइले. छेदी पासवान बिहार मे मोहनिया विधानसभा सीट के प्रतिनिधित्व करेले जवन सासाराम लोकसभा क्षेत्र में पड़ेला. चार बार विधायक रहल छेदी पासवान नौवीं आ दसवीं लोकसभा चुनाव में मौजुदा लोकसभा अध्यक्ष मीराकुमार के हरवले रहले आ मुख्यमंत्री लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार के सरकार मे मंत्री रहल बाड़ें.
एह मुलाकात के जानकारी मिलला का बाद जदयू. विधायक छेदी पासवान के छह साल ला पार्टी से निलंबित कर दिहलसि. निलंबन के घोषणा दिल्ली में पार्टी के मुख्य प्रवक्ता आ महासचिव के. सी. त्यागी कइले.
बतावल जात बा कि छेदी पासवान भाजपा में शामिल होखल चाहत बाड़ें.
एहसे पहिले साधू यादव, दसई चौधरी आ जयनारायण .निषादो नरेन्द्र मोदी से मिल चुकल बाड़ें. काग्रेसो साधू यादव के मोदी से मिले का बाद निलंबित कर दिहले रहुवे.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..