मस्तिष्क ज्वर से 10 गो अउरी बच्चा मरले. गिनिती बढके 319

गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में पिछला 24 घंटा का दौरान मस्तिष्क ज्वर से पीडित दस गो अउरी बच्चा मर गइले. एह बीमारी से अबही ले 319 गो मरीज मर चुकल बाड़े.
पिछला एक जनवरी से अबले एह बीमारी मस्तिष्क ज्वर से पीडित 1560 रोगियन के अस्पताल में भरती करावल गइल जवना में से 319 गो बच्चन के मौत हो गइल.
आजुओ 33 गो नया रोगी भरती भइले आ अबहीं 151 मरीजन के इलाज बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में चलत बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..