पश्चिम चंपारण में नाबालिगन संगे दुष्कर्म

पश्चिम चंपारण जिला के मैनाटांड इलाका के पुरैनिया गांव के रहे वाली एगो लड़िकी जब घास काटे गइल रहे तब ओकर पड़ोसी शेख फिरकुल नेयाज आ शेख खुर्शीद ओकरा के जबरिया उठा के एगो सुनसान खेत मे ले जा के ओकरा से दुष्कर्म कइले.
एगो दोसर घटना रामनगर इलाका के रहुई गांव के ह जहअं गाँव के एगो नाबालिग लड़िकी साथे गाँवे के मंसूर नाम के लड़िका काल्हु रात दुष्कर्म कइलसि.
दुनु घटना में इलाका के थाना में मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा आ पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।