राजा भईया के कैबिनेट मंत्री के किरिया धरावल गइल

प्रदेश के विवादित विधायक रघुराज प्रताप सिंह उर्फ राजा भईया के आजु फेरु अखिलेश यादव मंत्रिमंडल मे शामिल कर लीहल गइल. किरिया धरावे के मौका पर समाजवादी पार्टी प्रमुख मुलायम सिंह यादव, आ मुख्यमंत्री अखिलेश यादव समेत अनेके मंत्री आ विधायक मौजूद रहले.
जाने जोग बा कि एही साल दू मार्च के कुंडा के बलीपुर गांव मे पुलिस उपाधीक्षक जियाउल हक के हत्या का मामिला में नामजद भइला का चलते उनका से चार मार्च के इस्तीफा ले लीहल गइल रहुवे. बाद में घटना के सीबीआई जाँच का बाद राजा भईया के क्लीन चिट मिल गइल रहे बाकिर कैबिनेट में शामिल करे मे ढेर समय लाग गइल. बतावल जात बा कि राजा भईया के फेरू मंत्री बनावे का पीछे सबले बड़का कारण रहल कैसरगंज से सांसद ब्रजभूषण शरण सिंह के सपा का टिकट पर लोकसभा चुनाव लड़े से मना कर दीहल.
ब्रजभूषण सिंह पहिला बेर साल 199। मे भाजपा के टिकट पर गोडा संसदीय क्षेत्र से सांसद बनल रहले. ऊ अयोध्या में 06दिसम्बर 1992 का दिने विवादित ढांचा भसावे के आरोपी हउवे आ उनका पर सीबीआई. के विशेष अदालत मे मुकदमा चलत बा. भाजपा से ऊ तीन बेर सांसद रहले लेकिन साल 2008 मे सपा मे शामिल हो गइले आ साल 2009 के चुनाव कैसरगंज लोकसभा सीट से सपा के टिकट पर जीतले. जानकारन के कहना बा कि प्रधानमंत्री रहल चंद्रशेखर के बड़का बेटा पंकज शेखर के भाजपा. से जुडलो राजा भैया के मंत्री बनावे के एगो अउर कारण हो गइल. पंकज के छोट भाई नीरज बलिया से सपा सांसद हउवे. ब्रजभूषण शरण सिंह आ पंकज शेखर दुनु राजपूत हउवे आ एह लोग के पूर्वांचल के क्षत्रिय वोट पर निकहा प्रभाव मानल जाला.
फेर मुजफ्फरनगर दंगा के आरोपी भाजपा विधायकन संगीत सोम आ सुरेश राणा के रासुका में बंद कइलो से नाराज क्षत्रियन के मनावे के एगो कोशिश बतावल जात बा राजा भईया के किरिया धरावल.
किरिया लीहला का बाद राजा भईया पत्रकारन से कहलन कि उनकर दुबारा मंत्री बनल सचाई के जीत ह.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।