राजा भईया का तरह आजमो खाँ पर कार्रवाई होखो, कहलन सूर्यप्रताप शाही

भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष रहल सूर्य प्रताप शाही ने आजु देवरिया में कहले कि जवना तरह से प्रतापगढ मे पुलिस उपाधीक्षक का हत्या के बाद लागल आरोप का चलते प्रदेश सरकार राजा भईया पर कार्रवाई कइलसि ओही तरह मुजफ्फंरनगर के घटना का मामिला में काबीना मंत्री मोहम्मद आजम खां के खिलाफो कार्रवाई होखे के चाहीं.
शाही के कहना रहे कि खबरिया चनल साफ देखवले रहुवे कि आजम खां मुजफ्फरनगर दंगा के गुनाहगार बाड़े. एहसे दंगा का मामिला में आजम खाँ के नाम अइला का चलते उनको मंत्री पद से हटा देबे के चाहीं. बाकिर अपना के धर्मनिरपेक्ष होखे के दावा करे वाला सपा प्रमुख ला एके गुनाह ला मजहब का आधार पर अलग अलग सजा बा, मुसलमान खातिर अलग आ हिंदूवन ला अलग.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *