मस्तिष्क ज्वर से आज चार गो बचवन के मौत

गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में आजु मस्तिष्क ज्वर से पीडित चार गो अउर बचवन के मौत का बाद मरे वालन के गिनिती बढ के 384 हो गइल.
गोरखपुर में हर साल एह बीमारी से सैकड़ो मौत होखे लागल बा. मरे वाला बच्चा गोरखेपुर के ना होके अगल बगल के जिलो से आ कुछ बिहारो से आवेले. एहिजा इलाज में कवनो कोताही ना होखे बाकिर ई बीमारी से मरे के अनेसा से केहू कबो इंकार ना कर सके.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।