इतिहास मे 14 अक्टूबर

1240.. दिल्ली सल्तनत के पहिला महिला शासक रजिया सुल्तान के मौत.
1322.. स्काटलैड के राबर्ट द ब्रूस इंग्लैड के राजा एडवर्ड द्वितीय के हरवले.
1586.. स्काटलैड के रानी मैरी के खिलाफ इंग्लैड के महारानी एलिजाबेथ प्रथम के हत्या के षडयंत्र रचे के मामिला दर्ज.
1758.. साल 1756 से ले के साल 1763 ले भइल युद्ध का दौरान आस्टि्रया हौचक्रिक के लडाई मे ईरान के हरवलसि.
1805.. एलशिंगेन के लडाई मे फ्रांस आस्ट्रिया के हरवलसि.
1825.. असम मे खराब मौसम के बहाना बना के कूच ना करे का आरोप मे एगो सैन्य दस्त के कोर्ट मार्शल भइल.
1882.. अविभाजित भारत में पंजाब विश्वविद्यालय के स्थापना भइल जवन जगह बाद में पाकिस्तान में चल गइल.
1915.. पहिला विश्व युद्ध का दौरान बुल्गारिया सैन्य गठबंधन सैन्ट्रल पावर्स देशन के गुट मे शामिल भइल.
1933.. र्जमनी मे एडोल्फ हिटलर के नाजी दल राष्ट्र संघ से अलग भइल.
1953.. भारत मे भू संपत्ति कानून के मान्यता मिलल.
1956.. भारतीय संविधान के निर्माता बी॰ आर॰ आम्बेडकर बौद्ध धर्म अपनवले.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।