फूहड़ मिस्ड काल रैकेट का खिलाफ एफआईआर

लखनऊ 21 अक्टूबर (वार्ता) बीसवीं वाहिनी पीएसी मे सेनानायक पद प तैनात आईपीएस अधिकारी अमिताभ ठाकुर आजु आजमगढ कोतवाली मे फर्जी मिस्ड काल रैकेट से जुड़ल मामिला पर एफआईआर लिखववलन.

एफआईआर में लिखवावल गइल बा कि काल्हु अमिताभ ठाकुर आ उनका पत्नी नूतन मोबाइल फोन पर अज्ञात नम्बर 93780872199 से मिस्ड काल आइल. नूतन अपना आदत से एह नम्बर पर काल कइली त दोसरा ओर से एगो मरद मेहरारू के बीच के हूफड़ बात सुनात रहे. जबले उ फोन कटली तबले उनकर तीस रुपिया कट गइल रहे.

एकरा बाद अमिताभ ठाकुर खुद फोन लगवलन त उहे बात फेरू भइल आ उनकरो 15 रुपिया कट गइल. एही बात पर अमिताभ ठाकुर ओह अज्ञात काल करे वाली कम्पनी आ बीएसएनएल आ फोन कम्पनी के अधिकारियन का खिलाफ जनता के एह तरह से लूटे आ फूहड़ता पसरावे के शिकायत दर्ज करवले.

एह एफआईआर का आधार पर कोतवाली में अपराध संख्या 375/2013 धारा 419. 420. 292 आईपीसी दर्ज क के विवेचना कइल जात बा.

वइसे आम आदमी के हमेशा धेयान राखे के चाहीं कि विदेश से आवे वाला फोन पर काल मत करसु. विदेश के फोन 93 भा 92 वगैरह से शुरु होला. इहो फोन 93 से शुरू रहे. अपना देश के नंबर 91 से शुरु होला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।