पांच किलो गांजा लिहले नेपाली तस्कर गिरफ्तार

बेतिया 23 अक्टूबर (वार्ता) बिहार मे नेपाल के सीमा से लागल पश्चिम चंपारण जिला के इनरवा इलाका में त्रिवेणी कैनाल का नियरा आजु सबेरे पुलिस एगो नेपाली तस्कर के गिरफ्तार कइलसि. ओकरा लगे से पांच किलो गांजा बरामद भइल.

पुलिस सूत्र बतवले कि मोटरसाईकिल पर सवार एगो नवही नेपाल का सीमा से त्रिवेणी कैनाल होत गांजा लेके बिहार में घुसल तबहिए पुलिस ओकर घेराबंदी क लिहलसि. ओकरा लगे से पांच किलो गांजा बरामद भइल त ओकरा के गिरफ्तार क लिहल गइल.

बतावल जात बा कि गाँजा तस्कर नेपाल के परसा जिला के दसौता गांव के ह आ ओकर नाम प्रयाग पटेल बतावल गइल बा. मिलल गाँजा के बाजार दाम करीब 50 हजार रुपिया आँकल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।