मुलायम बतावसु कि पीछला 18 महीनो मे अतिपिछडन ला का का कइलन

लखनऊ 24 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा.अतिपिछड़ा सतरह गो जातियन के न्याय दिआवे का नाम पर निकालल जात सपा के रथयात्रा के राजनीतिक ड्रामा करार देत पुछले बिया कि सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव बतावसु कि पिछला 18 महीना मे अतिपिछडन ला का का कइलन.

भाजपा कहलसि कि मुलायम सिंह यादव एह सतरह जातियन ला घडियाली आंसू बहावत बाड़न. अगर उनका एह जातियन ला कुछ करे के रहल त सपा सरकार अपना अठारह महीना में एह लोग के सामाजिक न्याय काहे ना दिअवलसि?

भाजपा के प्रदेश प्रवक्ता विजय बहादुर पाठक कहलन कि अगर सचहू एह जातियन के न्याय दिआवे के बा त सपा सरकार सामाजिक न्याय समिति के रिपोर्ट लागू कर देव. एह समिति के राजनाथ सिंह के मुख्यमंत्री रहते बनावल गइळ रहे.

पाठक कहलन कि सपा सच्चर कमेटी आ रंगनाथ मिश्र आयोग के सिफारिशन के चरचा त करेले बाकिर अतिपिछडन ला लाभदायक सामाजिक न्याय समिति के संस्तुति लागू कइल त दूर ओकर नाम तक ना लेव.

अब सपा सरकार आपन नाकामी छिपावे ला आरक्षण.आरक्षण के खेल खेलत बिया बाकिर एहसे ओकरा कुछ फायदा नइखे मिले वाला. हर मोदरचा पर असफल सरकार के एह बात के खामियाजा लोकसभा चुनाव मे भुगतही के पड़ी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।