इतिहास मे 24 अक्टूबर

1577…चउथा सिख गुरू गुरू रामदास अमृतसर शहर के स्थापना कइले. अमृत सरोवर के नाम पर शहर के नाम अमृतसर रखाइल.
1579…जेसुइट फादर एस.जे. थामस स्टीफेस भारत आवे वाला पहिलका अंग्रेज रहल. ऊ पूर्तगाली जहाज से गोवा पहुंचल रहे.
1605…आजुए का दिन जहांगीर सिंहासन पर बइठल रहे.
1618…औरंगजेब के जनम गुजरात के दोहाद मे भइल.
1851…कलकत्ता से डायमंड हार्वर का बीच पहिला तार लाइन शुरू भइल.
1945…संयुक्त राष्ट्र दिवस
1947…पाकिस्तान कश्मीर पर हमला कइलसि.
1982…सुधा माधवन मैराथन मे दउड़े वाली पहिला महिला भारतीय बनली.
1984… कलकत्ता मेट्रो रेल के पहिलका रन एस्पलांडे आ भवानीपुर टीसन का बीच शुरू भइल. ई रूट चार किलोमीटर के रहे.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..