अनेके जदयू नेता भाजपा मे शामिल भइले

पटना 23 अक्टूबर (वार्ता) बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू: के बड़ नेता प्रो. लक्ष्मी नारायण सिंह समेत अनेके जदयू नेता अपना समर्थकन साथे भाजपा में शमिल हो गइले.

भाजपा के प्रदेश कार्यालय में भइल मिलन समारोह मे प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय, राज्यसभा मे प्रतिपक्ष के नेता रविशंकर प्रसाद आ बिहार विधानसभा मे विरोधी दल के नेता नंद किशोर यादव के मौजूदगी में ई लोग भाजपा में शामिल होखे के एलान कइल.

एह मौका पर प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय एह नया शामिल नेता लोग के स्वागत करत कहले कि जदयू से बहुते नेता आ कार्यकर्ता भाजपा में शामिल होखत बाड़े एही से पता चल जात बा कि सत्तारूढ़ जदयू से प्रदेश के लोग के मोह टूट लागल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..