मकान के देवाल गिरला से महतारी बेटी के मौत

जौनपुर 25 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के नेवढिया इलाका के नोकरा नोनवटी गांव मे काल्हु देर रात एगो खंड़हर के देवार कच्चा मकान पर गिरला से महतारी बेटी के मौत हो गइल आ दादी घवाहिल हो गइली.

पुलिस बतावत बिया कि ब्रह्मदेव दुबे के खंड़हर के देवार उनका पडोसी जिलाजीत दुबे के कच्चा मकान पर गिर पड़ळ जवना से ओह में सूतल उनकर पतोहु तेइस साल के सपना आ सपना के दू साल के बेटी चंचल के मौत हो गइल. जिलाजीत दुबे के पत्नी केवला देवी गम्हीराहे घवाहिल हो गइल आ उनका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।