रंजिश मे एक आदमी के हत्या
-

जौनपुर 26 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के बरसठी इलाका में शुक के देर रात पुरान रंजिश मे कुछ लोग एक आदमी के छूरा घोंप के मुआ दीहल.

पुलिस बतवलसि कि कोहडाबारी गांव मे देर रात चार लोग सूतल नरेन्द्र बहादुर सिंह उर्फ कल्लू के छूरा घोंप के हत्या क दीहल.

एह मामिला में चार लोग का खिलाफ केस दर्ज भइल बा आ औहमें से एक आदमी के पुलिस गिरफ्तार क लिहले बिया. तीन गो फरार अपराधियन के खोजाई चालू बा.

0 Comments

Recent Posts