डीपी ज्वेलर्स से रंगदारी माँगे का मामिला में पाँच गो बदमाश धरइले

बलिया के मशहूर गहना व्यापारी डीपी ज्वेलर्स से पचास लाख रुपिया के रंगदारी मांगे वाला बदमाशन के बियफे साॅझ के माल्देपुर का नियरा पुलिस ध लिहलसि. एहनी में डीपी के एगो कर्मचारियो शामिल बा जवन सगरी प्लान बनवले रहुवे. एह बदमाशन में जीरा बस्ती के संतोष कुमार सोनी, चितबड़ागांव के अशोक कुमार पांडेय, मिठवार के अमर सिंह, नगरी के जयराम चौहान आ जीरे बस्ती के सुनील सोनी उर्फ भकोला शामिल बाड़े. एकनी का लगे से असलहा आ छूरो कारतूस बरामद भइल बा. भकोला डीपी ज्वेलर्स किहाॅ काम करत रहे आ सगरी जानकारी बाकी अपराधियन तक लगातार चहुँपावत रहुवे. हर बेर धमकी के फोन क के बदमाश ओह फोन के बक्सर जा के नदी में फेंक आवत रहले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..