बानर मरला पर बवाल होत होत बाचल

देवरिया के लार थाना के सहिया गाँव में एगो नवही अपना एयर गन से दोसरा के छत पर जा के एगो बानर के गोली मार दिहलसि. बानर गोली से घवाहिल होके छत से नीचे गिरल आ ओकर मौत हो गइल. घटना के जानकारी मिलते गाँव के लोग ओह नवही का घर पर चड़ बइठल बाकिर तबले उ नवही फरार हो गइल रहे. एही बीच पुलिस खबर पा के चहुँपल आ हालात बिगड़े से बचा लिहलसि. मरल बानर के पोस्टमार्टम करावल गइल आ मुकदमा दर्ज करे के भरोसा दिहलसि पुलिस. पुलिस गाँवे में जमल बिया बाकिर कहत बिया कि कवनो तरह के तनाव के बात नइखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।