किराना दुकानदार के हत्या

मंगल के देर रात बलिया जिला के नगरा इलाका मे बिहराहरपुर चट्टी पर किराना दुकान चलावे वाला दुकानदार के हत्या क दिहले स चोर. बतावल जात बा कि बगल के सर्राफा दुकान मे चोरी के कोशिश करत चोरन के टोकलन त उ इनके के ध ले गइलन स आ कुछ दूर ले जा के इनकर हत्या क दिहलन स. दुकानदार के चीख सुन के बगल के एगो आदमी अउरी लोग के बिटोरलन त चोर अपना साईकिल से भाग गइलन स. पुलिस एह घटना के सहजे नइखे लेत. ओकरा लागत बा कि चोरी त बहाना रहल असल मकसद शायद एह दुकानदार के हत्ये कइल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।