जौनपुर के डीआईओएस के जेल भेजलसि हाई कोर्ट


इलाहाबाद,13 अप्रैल (वार्ता). इलाहाबाद उच्च न्यायालय अपना आदेश के नकारे वाला जौनपुर के जिला विद्यालय निरीक्षक भाष्कर मिश्रा के जेल भेजे के आदेश दिहलसि. अदालत उनुका के 15 दिन के जेल आ दू हजार रूपिया जुर्मानो लगवले बिया.
भाष्कर मिश्रा का साथही जौनपुर के एगो विद्यालय के प्रबंधक अजय कुमार सिंहो के जेल भेजत उनुको के एक महीना के जोल आ दू हजार रुपिया के जुर्माना के सजा सुनावल गइल बा.
विद्यालय के प्रधानाचार्य रणजीत सिंह के अवमानना याचिका पर न्यायमूर्ति यशवंत वर्मा ई आदेश दिहलें. पिछला दस जनवरी 2017 के याची प्रधानाचार्य के सेवानिवृत्ति आदेश के रद्द करत हाई कोर्ट उनुका के सेवा में वापिस बहाल करे आ पूरा वेतन देबे के निर्देश दिहले रहुवे.
बाकिर डीआईओएस आ स्कूल के प्रबंधक कोर्ट के एह आदेश के पालन ना कइलन. अवमानना याचिका दाखिल होखलो पर एह लोग के एगो मौका दीहल गइल रहुवे बाकिर तबो ई लोग अपना जिद पर अड़ल रहि गइल तब अदालत डीआईओएस आ प्रबंधक के व्यक्तिगत रूप से तलब क लिहलसि आ दुनु जने के सजा सुनावत सीजेएम के मार्फत दुनु के जेल भेजे के आदेश दे दिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।