राहुल गाँधी केे खुला एलान कि ऊ हिन्दू धर्म केे शक्ति का खिलाफ

Photo Source: https://twitter.com/JaipurDialogues/status/1769607135082741942

काल्हु मुंबई मेेंं अपना भाषण मेें कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष राहुल गाँधी खुला एलान क दिहलन कि उनुकर जवन लड़ाई बा तवन हिन्दू धर्म केे शक्ति शब्द सेे. हिन्दू धर्म मेें शक्ति माता पार्वती केे कहल जाला. आ उनुका सगरी अवतारनो केे शक्ति मान केे पूजल जाला. राहुल गाँधी आजु काल्हु कांग्रेेस के कवनो पद पर नइखन बाकिर सभे के इहेे लागत बा कि कांग्रेेस के सगरी फैैसला उहेे करत बाड़न, भलहीं अध्यक्ष पद पर मल्लिकार्जुन खरगेे बइठल होखसु.

अब जब उनुका एह एलान का खिलाफ पीएम मोदिओ एलान क दिहलन कि माँ शक्ति स्वरुपा खातिर ऊ आपन जान केे बाजी लगा दिहेें तब सेे कांग्रेेसी रफू मास्टर एकरा सफाई मेें लागल बाड़न. केेहू कहत बा कि राहुल केे जीभ लड़खड़ा गइल आ उनुका मुँह सेे हिन्दी भाषा का जगहा हिन्दू धर्म कहा गइल.

दरअसल दोष राहुल गाँधी केे ना हो केे ओह लोग केे बा जेे उनुकर भाषण लिखेला आ ओकर तइयारी ढंग सेे ना करवा पावेे राहुल सेे. आ राहुल अपना माईयो से नइखन सीखल चाहत कि कम बोलीं आ जवन बोलीं तवन लिखलका पढ़ केे. हालांकि तबहियों लोग उनुका भाषण में मौत केे सौदागर जोड़ केे उनुकर किरकिरी करा दिहलेे रहल.

पीएम मोदी केे त खासियतेे ह कि उनुका केे दीहल हर गारी हर तंज केे ऊ आपन हथियार बना लेेलेें. तबहियों उनुका विरोधियन के अतना बुद्धि ना भइल कि एह तरह केे कवनो बयान मत देसु जवना केे मोदी आपन हथियार बना केे इस्तेमाल कर लेेसु. मौत केे सौदागर, चाय वाला, नीच आदमी, चौकीदार चोर है जइसन बयान दे चुकल विपक्ष हालही मेें मोदी के निसंतान होखला केे मखौल उड़ा दिहलसि. एगो सजायाफ्ता मुजरिम, जवन हर सालेे एगो नया कैलेेेण्डर छाप लेेत रहुवेे अपना जवानी का दिन मेें, के लागल कि ऊ मोदी का खिलाफ बहुते दमदार बात बोल दिहलसि. आ देखतेे देखत पूरा देश भर गइल ‘मोदी के परिवार’ सेे !

पूरा इण्डी गिरोह हिन्दू धर्म आ सनातन संस्था का खिलाफ लड़ाई लड़ेे के ऐलान करते रहेेला बाकिर काल्हु मुंबई वाला भाषण में राहुल जब हिन्दू धर्म वाली ‘शक्ति’ सेे अपना लड़ाई के ऐलान कइलन तब उनुको का मालूम रहल कि एकर परिणाम का होखे जा रहल बा.

राहुल केे आ ओकरा जवाब में मोदी के भाषण केे रउरो सभे सुन लीं –

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।