निरहुआ अउर आम्रपाली के संयोग
-

भोजपुरी सुपर स्टार आ भाजपा सांसद दिनेश लाल यादव निरहुआ अउर अभिनेत्री आम्रपाली दुबे के भोजपुरी फिलिम संयोग के ट्रेलर यूट्यूब पर यशी फिल्म्स आ रापचिक ऑफिसियल के चैनल पर रिलीज हो गइल बा.

निर्माता हउवन अभय सिन्हा आ निर्देशक अनंजय रघुराज. अभय सिन्हा भोजपुरी सिनेमा के जानल-मानल निर्माता हउवन आ बालीवुड के एगो मजबूत हस्ती. इनकर बनावल सफल फिलिमन के एगो लमहर कड़ी बा. एहसे उमेद कइल जा सकेला कि उनुकर पिछलकी फिलिमन का तरह इहो स्वस्थ्य मनोरंजन करावे वाली भोजपुरी फिलिम होखी.

फिल्म ‘संयोग’ देखेवालन के इह फिलिम में रोमांस, संवेदना, फाइट, का साथही दिल छू लेबे वाला गीतो-गवनई मिली.

यशी फिल्म्स प्रा. लिमिटेड के परोसल एह फिलिम के सह-निर्माता अनिल कुमार सिंह हउवन. फिलिम के कलाकारन में दिनेश लाल यादव आ आम्रपाली दुबे का साथही संजय पांडे, अनीता रावत, संजीव मिश्रा, सूर्या द्विवेदी, जे.नीलम, आ संतोष पहलवान के नाम खास तौर पर लीहल जा सकेला.

फिलिम के लेखक अरबिन्द तिवारी, डीओपी वासु ,संगीतकार साजन मिश्रा आ शुभम तिवारी, अउर गीतकार अरबिन्द तिवारी, आशुतोष तिवारी, शेखर, आ मधुर हउवन. नृत्य निर्देशन एम. ​​के. गुप्ता (जॉय) के बावे.

संयोग के डिजिटल पार्टनर बनल बा कैप्टन वीडियो प्राइवेट लिमिटेड.

0 Comments

Recent Posts