रविकिशन चौबीस घंटा लगातार काम कइले


भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार अभिनेता रविकिशन संभवतः दुनिया के अकेला स्टार बाड़े जिनकर आवे वाली फिल्मन के गिनिती पचास के पार हो गइल बा. हिन्दुस्तान के लगभग हर भाषा के फिल्म में रविकिशन काम कर रहल बाड़े आ स्वाभाविक बा कि एह चलते उनुका पर काम के बोझा ढेर बढ़ गइल बा. एह चलते ऊ अकसरहाँ अठारह अठारह घंटा ले काम करतारन. बाकिर पिछला दिने हद त तब हो गंइल जब ऊ चौबीस घंटा लगातार काम कइले. भइल ई कि स्वरूप परिवार के फिल्म “संतान” के तीन दिन के शूटिंग बाकी रहे आ रविकिशन के दोसरा शूटिंग में जाये के रहे से डेट खाली ना रहे. से अपना निर्माता के रुपिया बचावे खातिर रविकिशन फिल्म के निर्देशक हैरी फर्नांडिज से राय कइलन आ तकनीशियन के दू शिफ्ट में बोलवा के चौबीस घंटा लगातार शूटिंग करवले. रविकिशन के उत्साह आ काम के प्रति समर्पण देख सभे उत्साह में रहे आ तीन दिन के काम एक दिन में पूरा हो गइल. रविकिशन का साथ फिल्म के नायिका शुभी शर्मा हई आ उहो एह दिन लगातार चौबीस घंटा काम कइली.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..