धीरज मिश्रा के वेब सीरीज “गुनाहों के राजा”
#web-series #gunahon-ke-raja #धीरज-मिश्रा #वेब-सीरीज #गुनाहों-के-राजा
दर्शकन के खूब पसंद आ रहल बा धीरज मिश्रा के वेब सीरीज “गुनाहों के राजा”
आजुकाल्हु सिनेमा का परदा का जगहा वेब सीरीज के लहर चले लागल बा. जइसे सोशल मीडिया के आवक से सभका ला सहज हो गइल आपन बात लोगन से साझा कइल वइसहीं ओटीटी प्लेटफार्म के सुविधा से अब कम लागत में वेब सीरीज बनावल सहज हो गइल बा. आ एकरा साथही तरह तरह के ऐप के प्रचलन बढ़ल जात बा जइसे कि नेटफ्लिक्स, प्राइम वीडियो, यूट्यूब वगैरह. वइसने एगो ऐप मिनिपिक्स पर चल रहल भोजपुरी के एगो वेब सीरीज देखनिहारन के बहुते पसन्द आ रहल बा. हत्या आ रोमांच से भरल एकर कहानी लोगन के दिल जीत रहल बा. आ ई सीरीज हवे — धीरज मिश्रा के “गुनाहों के राजा”.
एह सीरीज में जहाँ हत्या आ सस्पेंस बा, ओहिजे प्यारो के जबरदस्त तड़का डालल गइल बा. कहानी प्रयागराज शहर के बा, जहाँ नायक नायिका से एह कारण शादी से मना कर देता कि ऊ ओकरा गुरु के बेटी हीयऽ. बाकिर कुछ दिन बाद ओही नायिका के हत्या हो जात बा आ इहंवे से शुरू हो जाता असली खेल — “गुनाहों के राजा” के.
ई सीरीज वर्टीकल फॉर्मेट में बनल बा, जवन मोबाइल पर देखे वालन के काफी पसंद आ रहल बा. पूरा शूटिंग प्रयागराज में भइल बा. धीरज के कहनाम बा कि प्रयागराज शिक्षा के गढ़ ह, बाकिर ओही में अपराधो खूब पनप रहल बा. एही माहौल से प्रेरित भइले आ ई कहानी लिखले.
धीरज मिश्रा के कहना बा कि ई वेब सीरीज भोजपुरिए भाषा में बनल बा — अपना तरह के पहिलका आ अनोखा प्रयोग. आजकल लोग आपने भाषा में कंटेंट देखल पसंद करे लागल बा. प्रादेशिक भाषा के आपन अलग पहचान बने लागल बा. बड़-बड़ निर्माता लोग अब एही दिशा में बढ़ रहल बा. हम चाहनी कि कहानी में माटी के खुशबूओ होखे आ दर्शकन के मनोरंजनो भरपूर होखो.
एह शो के लेखक खुद धीरज मिश्रा हउवें, निर्मातो उहे हउवन आ एकरा के लालमणि फिल्म्स के बैनर तरे बनवले बाड़न. निर्देशन कइले बाड़न राजा रणदीप आ कैमरा संचालन वीर चंदन कइले बाड़न. मुख्य किरदारन में गोलू तिवारी का साथे शामिल बाड़न प्रशांत राय, गौरव, जीशान, राज सोनी, शृष्टि, निधि, राहुल, सत्यम आ गणेश.
“गुनाहों के राजा” के ट्रेलर एहिजा देखीं.
“गुनाहों के राजा” अब MiniPix ऐप पर उपलब्ध बा. रउरा अपना प्ले स्टोर पर जा के MiniPix डाउनलोड के के एह सीरीज के आनन्द ले सकीलें.
0 Comments