मार देब गोली ……..के मिलल बढ़िया शुरुआत


ढेर दिन से एगो हिट फिल्म खातिर तरसत भोजपुरी फिल्म उद्योग के पिछला शुक का दिने खुशखबरी मिलल कि ओह दिन रिलीज भइल फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” के उम्मीद से बेसी सफलता मिलल बा. सीतामढ़ी के शंकर सिनेमा के उदाहरण देखावे लायक बा जहाँ कि ओकरा क्षमता से करीब सवा दू गुना के आमदनी मिलल. कमोबेश बिहार के हर सिनेमा घर के इहे हाल रहल जहाँ “मार देब गोली…” रिलीज कइल गइल. बिहार के २५ गो आ मुंबई के १५ गो सिनेमा घर में ई फिल्म एकेसाथ रिलीज कइल बा. शिवभक्त रविकिशन खातिर शंकर सिनेमा के सफलता खास बा काहे कि ओह सिनेमा घर में उनकर पिछला फिल्म “देवरा बड़ा सतावेला” २०० दिन के रिकार्ड बनवले रहुवे.

फिल्म में रविकिशन आ गुंजन पंत के मुख्य भूमिका बा. साथ में दीपक दूबे आ कल्पना शाहो बढ़िया किरदार में बा लोग. जीतेश दूबे के प्रस्तुति, पायल दूबे के निर्माण आ जगदीश शर्मा के निर्देशित एह फिल्म में रविकिशन एगो अइसन पुलिस इंसपेक्टर बनल बाड़े जवन माफिया राज के खात्मा करे खातिर कवनो सीमा तक जा सकेला. दीपको दूबो एगो इंसपेक्टर का किरदार में बाड़े. फिल्म में गुंजन आ रविकिशन के रोमांस देखे लायक बा. कल्पना शाह फिल्म में टीवी रिपोर्टर के भूमिका में बाड़ी.


(स्रोत – उदय भगत, शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..