शुभम तिवारी के मल्ल युद्ध


भोजपुरी सिनेमा के डायनामिक एक्टर शुभम तिवारी अब भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन का साथे “मल्ल युद्ध” करे जा रहल बाड़न. एह दुनु महावीरन वाली एह हाई वोल्टेज फिल्म के नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. फिल्म के निर्माता हउवें सुनील कुमार चौहान आ निर्देशक हउवें चांद मेहता. शुभम तिवारी के बारे में कहल जाला कि ऊ अभिनय के हर क्षेत्र में काबिल हउवें चाहे ऊ रोमांस होखे, कामेडी होखे भा एक्शन. फिल्म “कानून हमरा मुट्ठी में” उनुकर एक्शन देखवले रहे त “तू ही मोर बालमा” में उनकर रोमांस आ कामेडी देखे के मिलल रहे. अब “मल्ल युद्ध” शूभम का जिनिगी के एगो खास मोड़ होखे जा रहल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।