संजय पाण्डे के त जइसे लाटरीए खुल गइल बा


आजु भोजपुरी सिनेमा के हर बड़का बैनर का फिल्म में बतौर खलनायक शामिल संजय पाण्डे के त जइसे लाटरीए खुल गइल बा. निरहुआ के घरेलू फिल्म निर्माण कंपनी निरहुआ इंटरटेनमेंट के फिल्म “औलाद” खातिर संजय पांडे के बतौर खलनायक लिहल गइल बा. असलम शेख निर्देशित एह फिल्म के शूटिंग आजुकाल्ह आजमगढ़ में चल रहल बा जहवाँ के संजय पाण्डे हउवन. एहसे आजु काल्हु ऊ दिन रात अपना पुरनका साथियन से घेराइल रहत बाड़े. मुंबई में जवन मौका ना मिलत रहे ऊ मौका आजुकाल्हु उनुका मिल रहल बा आ अपना नाते रिश्तेदारन का साथ जम के समय बिता रहल बाड़े. शूटींगो ओही स्कूल में चल रहल बा जहवाँ कबो संजय पाण्डेय पढ़त रहलें. अब यार दोस्तन का साथ मौज मस्ती, काम के काम, आ सजाव दही के सवाद सब एके साथ मिल रहल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..