तोहरा से राजी ना ए बलमुआ

Image by : ChatGPT
मथैला कुछ अउर आ साथे लागल फोटो कुछ अउऱ। असल में ई लेख दू गो कोटि में डालल जाए वाला बा – समाचार आ मनरंजन। पहिले समाचार पर चरचा आ आखिर में कुछ मनरंजन।
पंजाब के स्थानीय निकायन के हालिया चुनाव में भाजपा के जवन परिणाम आइल बा तवना के नैतिक विजय बतावे के प्रयास हो रहल बा, ठीक ओही तरह से राहुल गाँधी का नेतृत्व में कांग्रेस के लगातार मिलत हार के कुछ लोग उनुकर नैतिक विजय बतावे लागेला।
पहिले एक नजर में परिणाम जान लीहल जाव।
पंजाब के स्थानीय निकाय चुनाव 2026 में कुल 1977 वार्ड के चुनाव करावल गइल। एहमें से आआपा के 958 सीट पर जीत मिलल, कांग्रेस के 397 सीट पर, निर्दलीयन के 251 सीट पर, शिअद के 192 सीट पर, भाजपा के 172 सीट पर, आ बसपा के 7 सीट पर जीत मिलल बा। पहिला बेर अइसन भइल जब सत्ताधारी दल के 1000 से कम सीट पर जीत मिलल। भाजपा एह परिणामन में पाँचवा जगहा पर आइल आ ओकरा करीब एक हजार उमीदवारन के जमानत जब्त हो गइल।
बाकिर भाजपा के मीडिया सेल प्रभारी अमित मालवीय के दावा बा कि भाजपा के प्रदर्शन रहल जबकि ऊ अकेले चुनाव लड़ल बिना कवनो गठबन्हन में गइले। अबोहर आ पठानकोट में भाजपा के बहुमत मिलल बा। कई नगरपालिकन में भाजपा के मेयर भा चेयरमैन होखे के उमेदो जागल बा।
चूंकि भाजपा अकेलही लड़ल एह चलते ओकर उमेदवार नया नया इलाकन में भाजपा के झंडा फहरावे के कोशिश करत बड़हन जन समुदाय तक चहुँपे के मौका मिल गइल आ एकर फायदा अगिला विधानसभा चुनाव में मिल सकेला। भाजपा के जवना तरह से हर जगहा हिन्दू वोटन के ताकत मिले लागल बा ओहसे तीन से 208 ले चहुँपला के सपना देखे के ओकरा हक बा। पिछला बेर का तुलना में अबकी भाजपा के सचहूं बड़हन जीत मिलल बा। बाकिर पंजाब के लोग अबहीं भाजपा के अपनावे ला तइयार नइखन। कृषि कानूनन के कसक अबहियों पंजाब में लउकेला। अलग बात बा कि सिख नरसंहार के दोषी कांग्रेस के त लोग सकार लेत बा बाकिर किसान मंडी के मंडाधीशन के पापी पेट पर लात लगावे के कोशिश बरदाश्त होखत नइखे लागत।
अब एह समाचार चरचा का बाद तोहरा से राजी ना ए बलमुआ पर लवटल जाव। साँच कहीं त हमरा ई मुखड़ा इयाद आइल रहुवे-
तोहरा से राजी ना ए बलमुआ तोहरा से राजी ना,
हमके नीबुआ बिना तरसवले बलमुआ तोहरा से राजी ना।
बाकिर जब एह गीत के यूट्यूब पर खोचे चलनी त कई गो गीतन के लिंक मिल गइल। निर्गुण भजन का रूप में पेश एह गीत के रउरा सभे से साझा करत बानी। आ साझा करे के कारण एह गीत में कुछ डिमांडन के बात बा जवना के पूरा कइल शायदे केहू का बस में होखी। रउरो एह गीत के आनन्द लीं आ सोचीं कि एह लेख का साथे एकरा के जोड़ल ठीक रहल कि ना।


0 Comments