इनको संगे खेला हो गइल – बतंगड़ 113
- टीम अंजोरिया

इनको संगे खेला हो गइल – बतंगड़ 113


खेला होबे के दावा करे ला मशहूर ममतो का साथे खेला हो गइल। आ अइसन खेला कि मन मजबूर हो गइल कहे खातिर कि हे परवरदिगार केहू का साथे अइसन खेला ना होखे के चाहत रहुवे। अपना पनरह बरीस का शासन में नयनों मे काबा आ दिल में मदीना राखे वाली ममता बनर्जी हरली का कि सबकुछ हवा हो गइल। जे लोग कबो चरण चुंबन करे खातिर लालायित रहत रहुवे उहो अइसन मुँह फेर लिहलन कि तूं के ?

तृणमूल विधायक दल के बहुमत ममता बनर्जी का खिलाफ हो गइल आ एहमें उहो विधायक शामिल बाड़न जिनका ला ममता अपना शासन में सगरी संसाधन छीटत अइली। आ अब सुने में आ‌वत बा कि क्रिकेट खिलाड़ी युसुफ पठानो उनुका बाल पर छक्का मार दिहलन। बतावल जात बा कि मुख्यमंत्री रहते दू दू बेर लगातार विधायकी के चुनाव हारे के रिकार्ड बनावे वाली ममता बनर्जी सोचली कि चलीं अब लोकसभा जा के भाजपा के सत्ता से बेदखल करे में लागीं। उनुका सबले भरोसेमंद लगलन युसुफ पठान जिनका के गुजरात से ले आ के बरहामपुर लोकसभा क्षेत्र से सांसद बनवा दिहली। आ बरहामपुर के नमकहलाल लोग अपना ला सगरी जिनिगी काम करे में लागल कांग्रेसी सांसद अधीर रंजन चौधरी के हरवा दिहल।

सोचीं कि ममता के कइसन लागत होखी? वइसे सोचे वाली बात त इहो बा कि का कारण बा कि सबकुछ गँवावे ला तइयार बाड़ी बाकिर भाईपो के साथ छोड़े ला तइयार नइखी। का कुछ अइसन भाईपो का जानकारी में बा जवना चलते ऊ हर जहर पिये ला मजबूर हो गइल बाड़ी ? कहतो बाड़ी कि अगर आज अंडाभिषेक के छोड़ देसु त सभे जुट जाई बाकिर ऊ सभका के गँवावे खातिर तइयार बाड़ी बाकिर भाईपो का खिलाफ कुछ करे ला तइयार नइखी। कुछ ना कुछ त जरुर गड़बड़ बा!

 

0 Comments

Recent Posts