उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल, 8 नवंबर)

  • हरिद्वार में होखत गायत्री महाकुंभ मे भगदड़ मचला का चलते सोलह लोग के मौत हो गइल बा. एहमें चार लोग यूपी के बतावल जात बा. मरे वालन में सबले बेसी औरत बाड़ी सँ. उत्तराखंड सरकार दू दू लाख रुपिया मुआविजा के एलान कइले बिया.
  • प्रदेश भर में आजु तहसील पर मतदाता मेला लगा के नया मतदाता के नाम जोड़े के कार्यक्रम चलावल गइल. अब एगारह तारीख के जिला मुख्यालयन पर मतदाता मेला लगावल जाई. एकरा बाद मतदाता सूची में नाम चढ़ावे खातिर तारीख ना बढ़ावल जाई.
  • जौनपुर जिला के अखड़ो घाट पर गोमती नदी पर आ मनहन थान घाट पर सई नदी पर पुल बनावल जाई. आजु मंगल का दिने दुनु पुल के शिलान्यास प्रदेश के रेशम आ वस्त्रोद्योग मंत्री जगदीश नारायण राय कइले. पुल दू साल का भीतर तइयार हो जाये के बतावल जात बा.
  • उप्र में डीआईजी मिश्रा के चार दिन बाद अस्पताल से छुट्टी मिल गइल. सरकार का खिलाफ बयान दिहला का बाद उनुका के मानसिक रूप से असंतुलित बतावल जबरिया अस्पताल में डाल दिहल गइल रहे.
  • यूपी विधानसभा चुनाव में कांग्रेस खातिर प्रचार करीहें उमर आ फारुख अब्दुल्ला.
  • अमर सिंह के कहना बा कि उनुका के उत्तर प्रदेश में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव से अलगा राखे खातिर साजिश रचल जात बा. इहो कहलन कि उप्र के विभाजन खातिर प्रस्ताव ले आवसु मायावती.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।