बिहार के खबर

(मंगल, 29 नवंबर)

  • सीवान जिला के महाराजगंज इलाका में सोमार के देर रात एगो घर पर डकैतन के गोलीबारी आ बमबारी से एक आदमी के जान चल गइल आ दोसर एक आदमी घवाहिल हो गइल.
  • भागलपुर के कहलगांव राष्ट्रीय ताप विद्युत निगम लिमिटेड ईंधन प्रबंधन विभाग के अपर महाप्रबंधक (एजीएम) से एगो आदमी फोन कर के 20 लाख रुपिया महीना के रंगदारी मँगले बा ना त कहले बा कि उनुकर हत्या कर दिहल जाई.
  • पटना पुलिस सचिवालयकर्मी दिनेश सिंह के पोता सौरभ के अबही ले कवनो सुराग नइखे मिलल. अगवा करे वाला पहिले पचीस लाख फिरौती मँगले रहले जवना के घटा के अब पाँच लाख कर दिहले बाड़े.
  • मधुबनी के लौकहा विधान सभा सीट के उपचुनाव में काल्हु वोट गिरावल जाई. वोट के गिनती चार दिसंबर के होखी.
  • सारण जिला के भलुई गाँव में भइल दू गो हत्या का मामिला के आरोपी मनोज राय आ देवनाथ राय सोमार का दिने पुलिस अधीक्षक का सोझा आत्मसमर्पण कर दिहले.
  • सिवान के मुफ्फसिल थाना इलाका के जियाय गाँव से एगो लाश मिलल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।