उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 25 दिसंबर)

  • चुनाव घोषणा से उत्तर प्रदेश बोर्ड के परीक्षा के टरे के अनेसा हो गइल बा जवन पहली मार्च से होखे वाला रहुवे. प्रदेश में अठाईस फरवरी के आखिरी चरण के मतदान करावल जाई आ चार मार्च के वोट गिनल जाई.
  • महामना पंडित मदनमोहन मालवीय के जन्मदिन पर आजु राज्य भर में श्रद्धांजलि के खास कार्यक्रम आयोजित कइल गइल.
  • अटल बिहारी बाजपेयी के जन्मदिन भाजपा सुशासन दिवस का तौर पर मनावत बिया. एह कार्यक्रम में तीन दिन ले पूरा प्रदेश में तरह तरह के कार्यक्रम आयोजित करी भाजापा.
  • आनन्दनगर से बढ़नी रेलवे स्टेशन का बीचे इकतीस दिसंबर से रेलगाड़ियन के परिचालन बंद कर दिहल जाई. एह खंड के छोटी लाइन के बड़ी लाइन में बदले के काम होखे वाला बा. बढ़नी से गोण्डा का बीच छोटी लाइन के रेल गाड़ी चलत रहीहे सँ.
  • चुनाव घोषणा का बाद आयोग राज्य में मतदाता सूची के संशोधन के काम तेज कर दिहले बा. राज्य के अंठानबे फीसदी मतदाता के फोटो मतदाता पहचान पत्र दिहल जा चुकल बा .
  • गाजियाबाद में सड़क किनारे के एगो ढाबा मालिक महज 60 रुपिया का झगड़ा में अपना एगो गाहक के छूरी घोंप के मार दिहलसि.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।