दक्खिन गइली सुप्रेरणा

सिनेमा भोजपुरी में कामयाबी के परचम लहरवाला का बाद दक्खिन से आइल सुप्रेरना सिंह फेरू दक्खिन के रूक कर लिहली. हालही में सुप्रेरना आंध्रप्रदेश के उपमुख्यमंत्री के पोता आ दक्खिन के स्टार भारत का साथे तेलगु फिल्म ‘नुत्तिलोकप्पलु’ साइन कइली जवना के शूटिंग एह घरी हैदराबाद में जोर-शोर से चलत बावे.

एहसे पहिले ‘काशीपट्टनम’, ‘नचाआलाद’ अउर ‘लवर्स’ जइसन तेलगु फ़िलिम कर चुकल सुप्रेरना के दक्खिन भारत में एगो बड़हन प्रसंशक वर्ग मौजूद बा. बावजूद एकरा एह फिल्म खातिर सुप्रेरना के एगो बहुते कड़ा प्रतियोगिता से गुजरे के पड़ल. फिल्म के हीरोइन चुने खातिर कई गो शहरन में खास तरह के ऑडिशन राखल गइल रहे जवना में जीत सुप्रेरना के भइल आ उनुका के फिल्म के नायिका बना दिहल गइल.

सुप्रेरना अबले जतना तेलगु फिलिम में काम कइले बाड़ी, ऊ सगरी कामयाब भइल बाड़ी सँ. उमेद बा कि अबकियो सुप्रेरना के लकी चार्म के फायदा फिल्म ‘नुत्तिलोकप्पलु’ के ज़रूरे मिली.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।