हँसी के तड़का में जिम्मी मोसेस

महुआ टीवी के कामेडी शो “हँसी के तड़का” में एह हफ्ता कामेडियन जिम्मी मोसेस मेहमान जज बन के अइहन. एह हफ्ता बुल्लू दादी बन के पुरनका जमाना के अनुभव सुनाई त सुमन शायर बन के बताई कि पहिले का आजु का शायरन में का अन्तर आइल बा. सुशील खरबन्दा शादी के पहिले आ शादी का बाद के अनुभव बतइहें. रणवीर के परफारमेंस एह बात के देखाई कि कइसे ऊ गाँव से मुंबई अइले हीरो बने आ मुंबई में उनका का अनुभव मिलल. परितोष अलग अलग देवदास के रुप देखावत दिलीप कुमार, शाहरुख आ रविकिशन बन के आपन कमाल देखाई. शो के समापन सुनील पाल का गाना का साथे होखी.

“हँसी के तड़का” के प्रसारण समय होला शुक आ शनिचर के रात नौ बजे से.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..