पाखी का जलवा

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े के जलवा एह घरी पूरा बिहार अउर मुम्बई में कायम बा जहवाँ उनुकर फिलिम ‘‘खून पसीना’’ के धूम बा. बाक्स आफिस पर बढ़िया बिजनेस बिटोरत ई फिलिम अब आपन पचासवाँ दिन मनावे का ओर बढ़त बिया.

खून पसीना में पाखी के भूमिका देखेवालन के बहुते पसन्द आवत बा. निर्माता बाला भाई आ निर्देशक रमाकांत प्रसाद के एह फिल्म में पाखी के किरदार बिगबी के फैन हियऽ. फिल्म के नायक हउवन निरहुआ. पाखी के अगिला फिलिम ‘‘बिदेसिया’’ जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..