मुंबई में तू ही मोर बालमा

भोजपुरी सिनेमा के यंग टीम, प्रवेशलाल यादव, मनोज टाईगर, दीपक दुबे, शुभम तिवारी आ रिंकू घोष के ले के बनल भोजपुरी फिल्म “तू ही मोर बालमा” आजुकाल्हु मुंबई में धमाल मचवले बा. वर्ल्डकप का मौका पर रिलीज भइल एह फिल्म के सफलता से पूरा फिल्म यूनिट खुश बा. एह फिल्म के निर्देशन दू बेर सर्वश्रेष्ठ निर्देशक के अवार्ड जीत चुकल असलम शेख कइले बाड़न. फिल्म के दू गो गीत, जबसे बलम तू गइलऽ हरियाणा आ चोलिया के हूक, दर्शकन के बहुत पसन्द आ रहल बा. फिल्म के निर्माता रितेश ठाकुर आ प्रस्तुतकर्ता जितेश दुबे हउवें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।