बिहार में १७ मई से होखे वाला निकाय चुनाव ला प्रचार जोर धइलसि

अगिला सतरह मई के होखे वाला निकाय चुनाव ला प्रचार के काम पूरा जोर पकड़ लिहले बा. गरमी के कोप क अनदेखी करत उम्मीदवार घरे घरे जा के गोड़ धरिया करे में लागल बाड़न. आयोग एह मामिला में निर्देश दिहले बावे कि कवनो प्रत्याशी के घर से एक सौ मीटर का दायरा में बूथ ना बनावल जाई. चुनाव का दिने इलाका में मंत्री, सांसद, विधायक, विधानपार्षद ना जा सकीहें. अगर ओह लोग के नाम इलाका के वोटर लिस्ट में होखे त ऊ लोग आपन वोट डलला क तुरते बाद फेर इलाका से निकल जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।