सुर संग्राम विजेता मोहन राठौर अभिनेता बन गइले

भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी के मशहूर संगीत धारावाहिक “सुर संग्राम” के विजेता मोहन राठौर अब अभिनेता बन के बड़का परदा पर इंट्री मारे जा रहल बाड़े. महुआ मीडिया प्रा॰लि॰ आ यशी फिल्म्स प्रा॰ लि॰ का बैनर में मशहूर निर्माता अभय सिन्हा के बनावल भोजपुरी फिल्म “जंग” में मोहन राठौर अभिनेता का तौर पर आ रहल बाड़े. फिल्म में उनुकर नायिका बाड़ी गुल हमीद. फिल्म के निर्देशन अरशद खान के बा आ भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह एह फिल्म के मुख्य नायक बाड़े.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

1 Comment

  1. DINESH CHANDRA GUPTA

    BAHUTE BADHIYA

    DINESH CHANDRA GUPTA

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।