सुर संग्राम विजेता मोहन राठौर अभिनेता बन गइले

भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी के मशहूर संगीत धारावाहिक “सुर संग्राम” के विजेता मोहन राठौर अब अभिनेता बन के बड़का परदा पर इंट्री मारे जा रहल बाड़े. महुआ मीडिया प्रा॰लि॰ आ यशी फिल्म्स प्रा॰ लि॰ का बैनर में मशहूर निर्माता अभय सिन्हा के बनावल भोजपुरी फिल्म “जंग” में मोहन राठौर अभिनेता का तौर पर आ रहल बाड़े. फिल्म में उनुकर नायिका बाड़ी गुल हमीद. फिल्म के निर्देशन अरशद खान के बा आ भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह एह फिल्म के मुख्य नायक बाड़े.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

1 Comment

  1. DINESH CHANDRA GUPTA

    BAHUTE BADHIYA

    DINESH CHANDRA GUPTA

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..