सरकार से सरकावे वाला

भउजी हो !

का बबुआ ?

सुनलू ह ?

हँ, सुने में त आवत बा.

का ? बड़ा अगमजानी बने लागल बाड़ू. हम का कहल चाहत बानी ?

ए बबुआ, रउरा के हम तहिया से देखत बानी जब रउरा बिना जँघियो पहिरले कूदत रहीं. रउरा मन के बात हम ना जानब त के जानी ?

त का जनलू ह, बताइये द ?

इहे नू कि लालू मंत्री बने जा रहल बाड़न.

हँ हो भउजी. इहे कहल चाहत रहीं. बता सकेलू कि का हो गइल कि अचके में लालू के मंत्री बनावे के पड़ रहल बा ?

ए बबुआ, मंत्री मण्डल में हर तरह के लोग चाहीं आ सबले बेसी जरुरत ओह लोग के पड़ेला से सरकार से सरकावे के जानेला. अगर सरका ना पवलसि त सरकार में रहला के फायदा का ? ओ ओही लोग का साथे साथ कुछ उहो लोग सरका लेला जे सरकावे ना जाने. कई गो घोटालेबाज मंत्रियन का हटला से खाली भइल जगहियो त भरे के बा.

ठीक कहत बाड़ू भउजी. बाकिर देखीहऽ तोहरा चलते हम ना अझुरा जाईं.

ए बबुआ, करेजा मे दम ना होखो त बगइचा में डेरा ना डालल जाव !

ठीक बा भउजी, छौड़ऽ ई सब बाति. बाहर बूनी पड़त बा चलऽ पकौड़ी खिआवऽ.

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत बढ़िया – बहुत बढ़िया .
    ओ.पी.अमृतांशु

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..