भोजपुरी माटी के सुगन्ध बा किसना कइलस कमाल में

Vinay Anand and Gunjan Pant
पिछला दिने ९ अप्रैल के बिहार में आपन पहिलका फिल्म किसना कइलस कमाल के निर्माता लक्ष्मण आर पाण्डेय कहलन कि विकास का ओर अग्रसर भोजपुरी सिनेमा अपना अश्लीलता का चलते ओह जगहा पर नइखे चहुँप पावत जहवाँ के ऊ असल हकदार बा. एही चलते ऊ अपना फिल्म के साफ सुथरा आ परिवार का संगे देखे लायक बनवले बाड़न. फिल्म के निर्देशक चुनमुन पंडित कहलें कि फिल्म में भोजपुरिया माटी के सुगन्ध रचल बसल बा. फिल्म के मुख्य कलाकारन में विनय आनन्द, गुंजन पंत, प्रिया शर्मा, राकेश पान्डेय, विष्णु ओझा, पंकज मेंहता, आ अनुराग भारद्वाज बाड़े. संगीत अशोक घायल के ह.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *