निगेटिव रोल पसन्द करेली जूली वारसी

Julie Warsi
कई गो भोजपुरी फिल्मन में अपना अदाकारी के जलवा बिखेर चुकल मुजफ्फरपुर के गोर, लमहर, छरहर बाला जूली वारसी आपन खुद के अलबम शासन चलाई हे माई बनवले बाड़ी जवना के निर्माण का साथे साथ ओहमें अभिनयो कइले बाड़ी. जूली एगो हिन्दीओ फिल्म में काम कर चुकल बाड़ी आ पिछला छह साल में कई गो विज्ञापनो फिल्म कइले बाड़ी. सुजीत कुमार गुप्ता के आपन आदर्श माने वाली जूली माई बाप का आशिर्वाद का सहारे अपना कैरियर में आगा बढ़ रहल बाड़ी. जूली के अगर डर लागेला त बस अन्हार से ना त लोग के बेमाँगल कमेन्ट से जवन कब कहवाँ सुने के मिल जाव का पता.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *