मनोज तिवारी – रिंकू घोष के जोड़ी पँचवा हाली

सिनेमा भोजपुरी क मेगा स्टार मनोज तिवारी आ हॉट एक्ट्रेस रिंकू घोष के जोड़ी के पँचवी फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा. मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के जोड़ी वाली सगरी फिलिमन के दर्शक खूब पसंद करत आइल बाड़े. एह जोड़ी क पहिला फिलिम रहल ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, दोसरकी रहल ‘सौगंध’ आ तिसरकी रहल ‘भईया हमार दयावान’. एह जोड़ी क चउथकी फिलिल ‘अंधा कानून’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा आ ओकरा बाद पँचवी फिलिम होखी ‘गंगा जमुना सरस्वती’.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।