मंटू लाल रिंकू घोष पर भारी पड़लन

लोकप्रिय भोजपुरी निर्देशक राज कुमार आर पांडे क सुपर हिट फिलिम “ट्रक ड्राईवर” मे अपना कॉमेडी से धमाल मचावे वाला अभिनेता मन्टू लाल अपना दूसरकी फिलिम फिल्म “धनिया के थाना” मे एगो थानेदार बनके अपना संवाद अदायगी आ कॉमेडी पंच से अपना अपोजिट आइल सुपर स्टार अभिनेत्री रिंकू घोष पर भारी पड़त नजर आवत बाड़ें.

सिवान से आइल अभिनेता मन्टू लाल के अभिनय आ उनका कॉमेडी के जबर्दस्त सराहल जात बा. उम्मीद बा कि साल 2012 मे सिवान के लाल मन्टू लाल भोजपुरी फिलिमन में धमाल मचावत नजर अइहें.

एह फिल्म मे बिहार, यूपी, बंगाल आ पंजाबो के कलाकार अभिनय करत नजर अइहें. साथही मधुर गीत-संगीत से भरपूर, हंसी मजाक से लोट-पोट कर देबेवाली भोजपुरी के पहिला कॉमेडी फिलिम हवे “धनिया के थाना” जवना के दर्शक जरूरे पसंद करीहें आ पूरा परिवार एह फिलिम के आनंद लीहि.


(भोजवुडन्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।