‘नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे’ के रिकॉर्डिंग पूरा हो गइल

दयाल फिल्म्स् इंटरटेनमेंट प्रस्तुति आ एक्सलेंट फिल्मस् प्रा. लि. के बैनर तले बनत फिल्म ‘नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे’ के सगरी गाना के रिकार्डिंग पूरा हो गइल बा. संगीत-निर्देशक राज सेन के निर्देशन में गायिका कल्पना, दीपा नारायण, इंदु सोनाली, आ गायक आलोक कुमार अउर साहिद माल्या के आवाज में एह गीतन के रिकार्डिंग भइल बा. गीतकार आ लेखक भीरूग बृन्दा हउवें.

निर्देशक शमीम सैयद हउवें आ कलाकारन में एक्शन स्टार मनोज पाण्डे, अंजना सिंह, अंजनी सिंह, प्रिति सिंघानिया, आलोक यादव, जशवंत कुमार जयस्वाल, रविकांत राय, सुबोध सेठ, सुनीता यादव, विजया सिंह अउर मोहम्मद खत्री के नाम खास बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।